विराज भट्ट आ दिनेश यादव के ‘कसम वर्दी के’

KasamVardiKe-sceneभोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार विराज भट्ट अभिनीत फिलिम ‘कसम वर्दी के’ रिलीज होखे से पहिलही से चरचा में बा. एह फिलिम ला विराज भट्ट पहिला हाली आपन लुक बदलले बाड़न. उनकर दू गो लुक बा एह फिलिम में. पहिला एगो सीधा सादा युवक के त दोसरका एक्शन पैक्ड नायक के.

एह फिलिम के निर्देशक दिनेश यादव आपन कैरियर पत्रकारिता से शुरू कइलन आ अब एगो सफल निर्देशक हो गइल बाड़े. भोजपुरी फिलिम इंडस्ट्री में उनकर सिक्का चलेला. ‘कसम वर्दी के’ बदला के कहानी वाला एक्शन-थ्रिलर ह. खीस भा कुछ कर गुजरे का जुनून में आदमी किरिया खा लेला कि हम कर के रहब. अब आपन बदला लेबे के हर आदमी के अलग अलग तरीका होला. से एह फिलिम में बहुते कुछ नया अंदाज वाला देखे के मिली.

निर्माता हउवें कांतिलाल पी. मारू. गीत लिखले बाड़े प्यारेलाल यादव आ श्याम देहाती. संगीतकार हउवें प्यारेलाल यादव, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, आ कहानीकार हउवें लालजी यादव. कलाकारन में विराज भट्ट, मोनालिसा, मदन मोहन, संजय पांडेय, अवधेश मिश्रा, एयाज खान, आनंद मोहन, मनोज टाईगर, प्रकाश जैस, प्रिया शर्मा, रत्नेश वर्णवाल, तेज यादव, किरन यादव वगैरह. आईटम दिहले बाड़ी सीमा सिंह, सम्भावना सेठ आ ग्लोरी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..