जॉन अब्राहम संगे शुभी के ठुमका

JohnAbraham-ShubhiSharmaभोजपुरी परदा के हिट आ हॉट अदाकारा शुभी शर्मा एक्शन स्टार जॉन अब्राहम संगे ठूमका लगावत लउके वाला बाड़ी.

शुभी शर्मा जॉन अब्राहम का संगे फिरोज नाडियावाला के फिलिम ‘वेलकम बैक’ के एगो स्पेशल गाना पर ठुमका लगावत लउकीहें. गणेश आचार्य के नृत्य निर्देशन में हाल ही एह गाना के शटिंग करावल गइल. गाना के बोल हवे ‘मैं बबली हुई तू बंटी हुआ, बंद कमरे में ट्वेंटी-ट्वेंटी हुआ.

अनु मलिक के कंपोज कइल ई गाना पूरा तरह से नवहियन के धेयान में राखत बनावल गइल बा. एह गाना से उत्साहित शुभी गणेश आचार्य के आभार जतावत बाड़ी कि एकर मौका दिहले उनका के.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..