प्रीति खातिर हैदर आ विशाल में "लड़ाई" हो गंइल
-

PritiSinghaniaभोजपुरी बिहार के भाषा ह बाकिर इक्के दुक्का अभिनेत्री बिहार के हई. ओही बिहारी अभिनेत्रियन में से एगो हई प्रीती सिंघानिया.

प्रीती हाल ही में बिहार के जहानाबाद गइल रही जहाँ उनकर सामना दु गो जिगरी दोस्त हैदर काज़मी आ विशाल तिवारी से भइल. प्रीति दुनु के अपना जाल मे अइसन फँसली कि दुनु जिगरी दोस्त एक दोसरा के जानी दुश्मन बन गइले.

अब ई मत समुझीं कि प्रीति सचहू अइसन कुछ कर दिहली. असल में सगरी मामिला फिल्मी ह. बात होखत बा प्रीति सिंघानिया के अगिला फिलिम “लड़ाई” के जेहमें ऊ हैदर आ विशाल का साथ ही अंजना सिंह आ नूरी शेख संगे स्क्रीन शेयर कइले बाड़ी. बाकी खास कलाकारन में देव, सी.पी. भट्ट, डैनी शेहरावत, बालेश्वर सिंह, सोनू झा आ माया यादव के नाम बा.

निर्देशक हउवें आनंद गहतराज आ निर्माता के के तिवारी. संगीत दिहले बाड़न अमन के. श्लोक अउर राकेश शर्मा.

प्रीति कहत बाड़ी कि ऊ हमेशा अपना किरदार पर धेयान देली. लड़ाई में आपन किरदार उनका अस नीक लागल बा कि निर्माता निर्देशक के आभार जतावत बाड़ी.

प्रोति जल्दिए कुछ हिंदीओ फिलिमन में नजर आवे वाली बाड़ी.


(उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts