जौनपुर में प्रधानमंत्री नेहरू के फोटो खींचेवाला फोटोग्राफर के निधन

जौनपुर जिला मे देश के पहिला प्रधानमंत्री के फोटो खींचे वाला फोटोग्राफर ठाकुर सन्त बहादुर सिंह उर्फ काका के बानबे बरीस का उमिर में आजु उनका घर सिंह स्टूडियो मे निधन हो गइल.
तेजी बाजार अटरा गांव के ठाकुर सन्त बहादुर सिंह 15 साल का उमिर में जौनपुर नगर के अलफटीनगंज मुहल्ला मे 1936 मे सिंह स्टूडियो खोलले रहले. ई दुकान जौनपुर में फोटोग्राफी के पहिला दुकान रहल.
आजादी का बाद भइल पहिला लोकसभा चुनाव मे जब पंडित जवाहर लाल नेहरु फूलपुर .इलाहाबाद. से लोकसभा के चुनाव लडत रहले त ओह घरी जौनपुर जिला के मछलीशहर विधानसभा फूलपुर मे रहे. चुनाव प्रचार मे जब 1952 मे पंडित जवाहर लाल नेहरु मछलीशहर आइले त संत बहादुर सिह ऊह सभा के फोटो खींचले रहले.
संत बहादुर सिंह के अन्तिम संस्कार गोमती नदी के रामघाट पर पूरा नागरिक सम्मान का साथे कइल गइल. एह मौका पर तमाम खासमखास लोग, राजनेता, पत्रकार, व्यवसायी, छायाकार वगैरह मौजूद रहले.
प्रदेश के उद्यान एवं फल प्रसंस्करण मंत्री पारस नाथ यादव, भाजपा नेता आ केन्द्रीय गृह राज्यमंत्री रहल स्वामी चिन्मयानन्द आ जौनपुर के सांसद धनंजय सिंह समेत अनेके लोग आपन शोक जतवले बा.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।