शहीदे आजम भगत सिंह के 106 वां जनमदिन मनावल गइल

जौनपुर जिला मे कई जगहा आजु शहीदे आजम भगत सिंह के 106वां जनमदिन मनावल गइल.
जिला के कलेक्ट्रेट परिसर मे क्रांतिस्तम्भ पर हिन्दुस्तान सोशलिस्ट रिपब्लिकन आर्मी आ लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के कार्यकर्ता देश के आजादी मे आपन प्राण निछावर करे वाला शहीदे आजम भगत सिहं के 106वां जनमदिन पर मोमबत्ती आ अगरबत्ती जरवले आ दू मिनट के मौन रखके उनका के श्रद्धाजंलि दिहले.
लोकचेतना मंच के कार्यकर्ता टी.डी कालेज के बलरामपुर हाल मे संगोष्ठी के आयोजन क के शहीदे आजम भगत सिंह के जनमदिन मनवलें.
शहर के सब्जीमंडी मे भगत सिंह पार्क मे बामपंथी कार्यकर्ता क्रांतिकारी भगत सिहं के प्रतिमा पर फूलमाला चढ़वले आ सभा आयोजित क के उनकर जनमदिन मनवले.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..