ट्रैक्टर का धक्का से छात्रा के मौत का बाद भइल अगजनी आ बवाल


चन्दौली 20 अप्रैल (वार्ता). चंदौली के सकलडिहा इलाका में एगो ट्रैक्टर से धक्का लगला का चलते भइल पॉलिटेक्निक के छात्रा के मौत का बाद खिसियाइल छात्र छात्रा जम के बवाल मचवले आ ओह ट्रैक्टर में आ एगो पुलिस गाड़ी के आग का हवाले कर दिहलें.
पुलिस सूत्र बतवलें कि सकलडीहा-चन्दौली रोड पर काल्हु सँझिया राजकीय पॉलिटेक्निक स्कूल का गेट पर खड़ा छात्रा जीनत परवीन के एगो ट्रैक्टर धक्का मार दिहलसिय जीनत के मौत ओहिजे हो गइल आ चालक ट्रैक्टर छोड़ के भाग गइल.
एकरा बाद खिसियाइल छात्र छात्रा अगल बगल के दुकानन आ सरकारी कार्यालयन में बवाल मचा दिहलें आ ट्रैक्टर अउऱ एगो पुलिस गाड़ी के आग लगा दिहलें. बवाल के खबर मिलला पर अधिकारी पुलिस आ पीएसी ले के चहुँपले आ बवाली विद्यार्थियन के लाठी भाँजत खदेड़ भगवलें.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..