आजमगढ़ में नाबालिग से बलात्कार वाला गिरफ्तार
-


आजमगढ़ 20 अप्रैल (वार्ता). आजमगढ़ के कप्तानगंज इलाका में एगो बारह बरीस के लड़िकी से बलात्कार भइला का खबर सामने आइल बा.
पुलिस सूत्र बतवलें कि कप्तानगंज इलाका में काल्हु सँझिया बारह बरीस के लड़िकी दिशा मैदान ला घर से निकलल रहुवे. बीचे में गाँवे के मनमोहन उर्फ राजा दुबे ओकरा के धर लिहलसि आ ओकरा साथे बलात्कार कइलसि, अइसन आरोप लड़िकी लगावत बिया.
एह बारे में मामिला दर्ज क के आरोपी मनमोहन के गिरफ्तार क लीहल गइल बा आ ओह लड़िकी के मेडिकल करावे खातिर अस्पताल भेज दिआइल बा.
पुलिस मामिला के छानबीन करत बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts