डाक्टरन के कमी देखत बिहार सरकार गॅवई डाक्टर के सिखावे पढ़ावे के योजना बनवलसि

बिहार सरकार अब गाँव देहातन में अपना अधकचरा जानकारी का सहारे लोग के ईलाज करत नीम हकीमन के एक साल के ट्रेनिंग दिआवे के योजना बनवले बिया जवना का बाद एह लोग के सेवा राष्ट्रीय स्वास्थ्य योजना खातिर लिहल जा सकी. एह एक साल के ट्रेनिंग लेबे वालन के करीब साढ़े पाॅच हजार रुपिया फीस देबे के पड़ी.
सरकार चाहत बिया कि दूर गाँव देहात में इहे लोग आम जनता के इलाज करो आ खराब हाल मरीजन के बाद में सरकारी अस्पतालन में रेफर कर देव.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।