गंगा आ घाघरा के पानी बढ़ाव पर
-

बलिया जिला में घाघरा आ गंगा के पानी तेजी से बढ़ल जात बा. बुध का दिने बिल्थरारोड में घाघरा नदी के पानी खतरा का निशान से महज 22 से॰मी॰ नीचे रहि गिल बा. तुर्तीपार-हाहा नाला बंधा ले चहुँपल पानी से सैकड़ो एकड़ जमीन डूब चुकल बा.

गंगो नदी के पानी हर घंटा तीन से॰मी॰ के रफ्तार से चढ़ल जात बा. बुध का दिने गायघाट पर पानी के लेवल 53.790 मीटर रहुवे. बढ़त पानी के दबाव में कई जगहा कटान शुरु ह ो गइल बा. शिवपुर कपूर दीयर के सेमरिया डेरा, मझरोट के डेरा, बिंद बस्ती, मल्लाह बस्ती, शेष जगदीशपुर, शेष नरदरा, दामोदरपुर, भुसौला, बहुआरा वगैरह के लोग दहशत में जीयत बा.

0 Comments

Recent Posts