डा॰ हर्षवर्धन के दिल्ली चुनाव में आपन मुख्यमंत्री वाला चेहरा बनवलसि भाजपा

नयी दिल्ली 23 अक्टूबर (वार्ता)दिल्ली विधानसभा चुनाव ला मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार ले के पिछला हफ्टा भर से अधिका समय से चलल आवत खींचतान पर विराम लगावत भाजपा बुध का दिने दिल्ली के स्वास्थ्य मंत्री रहल डा॰ हर्षवर्धन के नाम पर मुहर लगा दिहलसि.

पार्टी अध्यक्ष राजनाथ सिंह के अध्यक्षता मे सबेर में केन्द्रीय संसदीय बोर्ड के बइठक मे ई फैसला लिहल गइल. एह बइठक में नरेन्द्र मोदी छोड़ सगरी सदस्य मौजूद रहले.

बइठक का बाद विजय गोयल, दिल्ली विधानसभा मे नेता विपक्ष प्रो॰ विजय कुमार मल्होत्रा आ संसदीय बोर्ड के सगरी सदस्यन के मौजूदगी मे डा॰ हर्षवर्धन के उम्मीदवारी के एलान क दीहल गइल.

पार्टी के कहना बा कि एह फैसला से विजय गोयलो सहमत बाड़े

एह पत्रकार सम्मेलन में बोलत भाजपा के माथ नेता लालकृष्ण आडवाणी कहलन कि दिल्ली के परिणाम के असर सगरी देश पर पड़ी. आ एह चुनाव में पार्टी के पक्ष मे शानदार परिणाम आई.

बाद में नरेन्द्र मोदी ट्वीट क के डा॰ हर्षवर्धन के बधाई दीहलन.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।