सुषमा स्वराज के सांसद चुनइला का खिलाफ

जबलपुर 23 अक्टूबर (वार्ता) मध्यप्रदेश उच्च न्यायालय भाजपा नेता सुषमा स्वराज के निर्वाचन के चुनौती देबे वाली एगो चुनाव याचिका पर एगो विवादित सीडी देखला का बाद आपन फैसला सुरक्षित राख लिहले बावे.

न्यायालय के कार्यवाहक मुख्य न्यायाधीश के.के. लाहौटी ने काल्हु दुनु फरीकन के मौजूदगी में करीब एक घंटा ले एगो सीडी देखलन.

न्यायालय के सीडी देख के तय करे के रहल कि नामांकन प्रक्रिया के दौरान दोपहर दू से चार का बीच विदिशा से कांग्रेस के उम्मीदवार राजकुमार पटेल के प्रस्तावक डा. प्रभुराम चौधरी फार्म ए जमा करे ला निर्वाचन अधिकारी के सोझा समु भितरे चहुँपल रहले कि ना.

याचिका करे वाला राजकुमार पटेल के कहना बा कि ऊ साल 2009 मे लोकसभा चुनाव मे कांग्रेस के उम्मीदवार रहले बाकिर उनकर नामांकन फार्म ए जमा ना भइला का चलते रद्द क दीहल रहे. उनकर आरोप बा कि जानबूझ के उनकर नामांकन निरस्त करावल गइल जवन कि गैर कानूनी बा.

बतावल जात बा कि उनकर फार्म ए ई कह के ना लिहल गइल कि समय खतम हो गइल बा आ तीन से अधिका हो गइल बा. जबकि पटेल के दाबा बा कि ऊ दू बज के छप्पन मिनिट पर निर्वाचक के कक्ष मे मौजूद रहले.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..