‘तकदीर के फैसला’ फिलिम के भव्य संगीतमय मुहूर्त

TaqdeerKeFaislaआनन्द मीडिया के पेशकश भोजपुरी फिलिम ‘तकदीर के फैसला’ के भव्य संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने मुंबई के एम फोर यू रिकार्डिंग स्टुडियो में करावल गइल. एह मौका पर मशहूर पार्श्वगायिका इन्दू सोनाली के सुमधुर आवाज़ में संगीतकार छोटे बाबा के निर्देशन में एगो गाना रिकार्ड करावल गइल.

एह फिलिम के निर्माता राजा साहब पी कुमार आ निर्देशक आनन्द श्रीवास्तव हउवे.

नवोदित नायक अमन कुमार एह फिलिम से अपना कैरियर के शुरूआत करत बाड़न. साथे रहीहें नेहा श्री, सुशील सिंह, संजय पाण्डेय, मनोज टाईगर, बालेश्वर सिंह, के के गोस्वामी, अउर गोपाल राय वगैरह.

लेखक प्रमोद पाण्डेय (शास्त्री), गीतकार अशोक सिन्हा, सिनेमाटोग्राफर सिद्धू दुबे, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी हउवें.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।