मुस्लिम समाज के लोग अभिनंदन कइल भाजपा सांसद मनोज तिवारी के
-

ManojTiwari-felicitated
पिछला दिने भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार आ अब भाजपा सांसद मनोज तिवारी के आभिनन्दन दिल्ली के सीलमपुर विधानसभा क्षेत्र के चौहान बांगर वार्ड में कइल गइल. एह समारोह में इलाका के मुस्लिम समाज के लोग बड़हन संख्या में पहुंच के मनोज तिवारी के फूल-माला से स्वागत कइल.

समारोह में भाजपा सांसद वादा कइलन कि राजनीतिक दूरी से अलगा हट के उ सगरी लोगन आ हर वर्ग के विकास में लगीहन.

समारोह में मंडल अध्यक्ष साजिद खान, संजय जैन, दीन मोहम्मद, अजय महावर, रहीश कुरैशी, सीताराम गुप्ता, नफीस अंसारी, सुभाष गोयल, हुजूर अहमद, संदीप जैन, अंसार खां, कौशल मिश्रा, हाजी भूरे खान आ केके अग्रवाल समेत अनेके भाजपा कार्यकर्ता मौजूद रहले.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts