दादा के जादू फेरू जोरदार चलल
-

DurgaDada
जानल मानल फिल्म फाईनेंस कंपनी आदि शक्ति इंटरटेनमेंट आ निरहुआ इंटरटेनमेंट के जादू एक बेर फेरू देखे के मिलल बा एह जोड़ी के नइकी फिलिम ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ के सफलता से.

निरहुआ हिन्दुस्तानी बिहार में सफलता के डंका बजा दिहले बिया आ हर सेशटर पर निकहा बिजनेस बिटोरत बिया.

फिल्म फाईनेंसर दुर्गा प्रसाद मजूमदार, जिनका के सभे आदर से दादा कहेला, के कंपनी आदि शक्ति इंटरटेनमेंट आ भोजपुरी सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ के कंपनी निरहुआ इंटरटेनमेंट पहिलहु अनेके सफल फिलिम दिहले बाड़ी सँ जइसे कि चलनी के चालल दुल्हा अउर प्रेम के रोग भईल. एह जोड़ी के ई तिसरकी फिलिम हियढ ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’.

बतावल जात बा कि जल्दिए ई दुनू कंपनी के एगो अउर फिलिम सेट पर जाए वाला बा. एह बड़हन प्रोजेक्ट पर बातचीत आखिरी दौर में बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..