विनय आनंद के मंगलफेरा बजवलसि बिहार में डंका
-

MangalPhera-posterभोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद के फिलिम ‘मंगलफेरा’ आजुकाल्हु बिहार में सफलता के डंका बजावत बिया. मशहूर निर्देशक श्रीधर शेट्टी आ निर्मात्री गायत्री राठौड़ के इ फिलिम बिहार के पचीस गो सिनेमाघरन में देखावल जात बा.

एह फिलिम के कामयाबी से खुश विनय आनंद के कहना बा कि जब निर्देशक श्रीधर शेट्टी से पहिला बेर एह फिलिम के कहानी सुनले रहलन तबहिए लागल रहे कि फिलिम वाकई कामयाबी के झंडा गाड़ी आ खुशी के बात बा कि उहे भइल. एह कामयाबी ला सभे विनय आनंद के बधाई दे रहल बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..