तवायफ का भूमिका में पाखी हेगडे

भोजपुरी सिनेमा के सबले सफल अदाकारा पाखी हेगडे हर तरह के किरदार कर देखवले बाड़ी. कबो चुलबुली लड़की बनल बाड़ि त कबो भारतीय नारी के पारंपरिक रुप. बाकिर अबकी बारी ऊ भोजपुरिया परदा पर एगो तवायफ बन के आ रहल बाड़ी. फिल्म लोफर में पाखी हेगडे के तवायफ का रुप में कइल अभिनय उनकर अदाकारी का साथ साथ उनकर नृत्य कौशलो देखाई.

पाखी हेगडे जवना तवायफ के किरदार कइले बाड़ी ओकर धर्म कर्म इमान सगरी मनोरंजन कइल आ पइसा कमाइल रहुवे बाकिर ओकरा जीवन में एगो अइसन घटना घटित होत बा जवन ओकर सगरी जिनिगिए बदल देत बा. फिल्म के पुरा कहानी नायिका प्रधान बा आ ओह तवायफे का चारो तरफ घुमत बा. फिल्म के नायक बनल बाड़न दिनेश लाल यादव निरहुआ.

फिल्म लोफर में पाखी का उपर एगो अइसन मुजरा फिल्मावल गइल बा जवना के देख के दर्शक बेकाबू हो जइहें. तवायफ के नखरा से ले के उहे नैननक्श आ अंदाज के बखूबी निभा के जब पाखी फिल्म का शूटिंग से लवटली त कहली कि उनकर ई नया अंदाज दर्शकन के रोमांचित करी आ ऊ लोग उनका अभिनय आ किरदार के जरुरे पसन्द करी.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।