तिकोनिया प्रेम कहानी वाली ‘हमार लभ स्टोरी’

सिनेमा भोजपुरी का परदा पर मोजर बीयर इंटरटेनमेंट तिकोनिया प्रेम कहानी वाली भोजपुरी फिल्म ‘हमार लभ स्टोरी’ लेके आइल बिया. एह फिल्म के अप्रेल में रिलीज कइल जाई.

स्टाईल इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल एह फिल्म के निर्माता के. अभिनव रेड्डी अउर सारा शर्मा हउवे. फिल्म में भोजपुरी के उभरत सितारा विक्रांत सिंह आ नवोदित विक्रांत आनंद के नयकी तारिका सुरभि से भइल तिकोना प्रेम कहानी बा. सुरभि एगो मॉडल बनल बाड़ी जेकर दीवाना बाड़े दुनु विक्रांत. निर्देशक हउवें जगदीश सी. पाण्डेय. अउरी कलाकारन में मुश्ताक खान, अलीखान, ऐहसान कुरैशी आ डेजी इरानी शामिल बाड़ी. संगीतकार हउवे राजेश गुप्ता आ गीतकार हउवें राजेश मिश्रा.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..