भोजपुरी के नयका सुपरस्टार खेसारी लाल यादव
-

लोकगायक खेसारी लाल यादव भोजपुरी के नयका सुपरस्टार बन के उभरल बाड़न. खेसारीलाल के पहिलका फिल्म आलोक कुमार के बनावल ‘‘साजन चले ससुराल’’ पूरा देश में रिकार्ड बिजनेस कइलसि आ खेसारी के स्टार बना दिहलसि. खेसारीलाल के हालिया रिलीज फिल्म मशहूर निर्माता निर्देशक रामाकांत प्रसाद के ‘जान तेरे नाम’ पिछला शुक बिहार के 45 गो सिनेमाघरन में ऐतिहासिक ओपनिंग का साथे रिलीज भइल बा. एह फिल्म के ओपनिंग “हाउसफुल-2” जइसन मल्टीस्टारर फिल्म के सोझा शानदार ओपनिंग लेके खेसारी के लोकप्रियता के डंका बजा दिहलसि.

“जान तेरे नाम” में खेसारी आ तनुश्री के लव एंगल बा आ विराज भट्ट एह प्यार का खिलाफ बाड़े. बाकी कलाकारन में प्रिया शर्मा, मनीष चतुर्वेदी, नीरज राज पौडेल, देव सिंह, धामा वर्मा आ बृजेश त्रिपाठी खास बाड़े. गीत संगीत अशोक कुमार दीप के बा.

खेसारीलाल यादव के अगिला रिलीज होखी प्रसिद्ध निर्माता आलोक कुमार के आ प्रेमांशू सिंह निर्देशित ‘‘देवरा पे मनवा डोले’’. एकरा अलावे खेसारी राजेश-पप्पू के अरविंद चौबे निर्देशित ‘दिल ले गईल ओढनिया वाली’ फिलिमो में नजर अइहें. गौरतलब बा पिछला चार बरीस से खेसारी भोजपुरी के सबले टॉप गायक बाड़े आ एह दौरान हर सुपरहिट गीत के पीछे इनके आवाज के जादू बा. खेसारी के हर वर्ग के भोजपुरिया दर्शकों पसंद करले आ इनका डांस के दीवाना त पूरा यूपी बिहार हवे.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts