तिलकधारी महाविद्यालय में 14 मई के होखे वाला सपना चौधरी के कार्यक्रम पर रोक


जौनपुर, 09 मई(वार्ता) जौनपुर जिला के तिलकधारी महाविद्यालय में 14 मई के हरियाणा के गायिका डांसर सपना चौधरी के होखे वाला कार्यक्रम पर सिटी मजिस्टेट रोक लगा दीहले बाड़न.
महाविद्यालय के छात्र नेतवन के आजु जिलाधिकारी अरविन्द मलप्पा बंगारी आ सिटी मजिस्ट्रेट नगर का साथे बइठक भइल जवना में छात्र नेता सपना चौधरी के कार्यक्रम के विरोध करत कहलें कि सपना चौधरी के कार्यक्रम स्व0 शहीद उमानाथ सिंह के गरिमा के तार-तार करे वाला आ तिलकधारी महाविद्यालय के छात्रन ला घातक होखी. महाविद्यालय प्रशासन के अइसनका कार्यक्रम करावे के इजाजत दिहले ना चाहत रहुवे.
छात्र नेता इहो कहलें कि अइसनका कार्यक्रम शासनादेशो के उलुटा बा आ उच्च न्यायालय के साफ निर्देश बा कवनो महाविद्यालय भा विद्यालय परिसर में शैक्षणिक कार्यक्रमन का अलावे दोरर कवनो तरह के कार्यक्रम ना कइल जाव.
छात्र नेता लोग के इहो कहना रहल कि जवन संस्था सपना चौधरी के कार्यक्रम करावे के इजाजत लिहले बिया ऊ सांस्कृतिक कार्यक्रम के आड़ में व्यवसायिक कार्यक्रम करावत बिया.
छात्र नेता लोग के बात सुनला का बाद जिलाधिकारी सिटी मजिस्ट्रेट योगानंद पांडेय के आदेश दिहलें कि एह कार्यक्रम के इजाजत मत दीहल जाव आ एह कार्यक्रम के पूरा तरह से निरस्त करा दीहल जाव. एकरा बाद सिटी मजिस्ट्रेट एह व्यवसायिक कार्यक्रम पर रोक लगा दिहलें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।