जुग जुग जिअसु ललनवा – भोजपुरी सोहर


भोजपुरी के ई पारम्परिक सोहर गीत भोजपुरी फिलिम पिया के गाँव में फिलिमावल गइल रहुवे. एकर संगीत दिहले रहलें मशहूर संगीतकार चित्रगुप्त आ किरदार निभवले रही मीरा माधुरी.
एह गीत के यू ट्यूब पर इण्डिया सिंह का नाम से फरवरी 2009 का दिने डालल गइल रहुवे आ तबसे एकरा के 63,43,784 लोग देख चुकल बा. अचरज ई देख के भइल कि एह गीत के अढ़ाई हजार से अधिका लोग नापसंद कइले बा. शायद ओह लोग के एकर फिल्मांकन नीक ना लागल होखी.
राउर राय का बा एह गीत का बारे में ?

0 Comments

Recent Posts