थलसेना के भर्ती रैली

बनारस सैन्य भर्ती कार्यालय के निदेशक कर्नल कृष्णा प्रसाद काल्हु कहले कि अगिला १४ फरवरी से गोरखपुर के २ आरपीएसएफ बटालियन का मैदान (रजही कैंप) में सेना के भर्ती रैली शुरू होखी जवन कि सात दिन ले चली. एह रैली में जेनरल ड्यूटी, तकनीकी सैनिकम ट्रेड्स सैनिक, क्लर्क सैनिक, आ नर्स सैनिकन के भर्ती लिहल जाई. हर जिला के भर्टी खातिर अलग अलग दिन तय रही जवना से एके दिन बड़हन सेम्हार भीड़ मत जुटे. हर अभ्यर्थी से कहल गइल बा कि आपन कागजात प्लास्टिक के थैला में डाल के ले आवसु. ओकरा अलावा कवनो तरह के सामान नइखे ले आवे के. आवे से पहिले अपना ग्राम प्रधान से अपना कागजात के विवरण के प्रमाणित करा के ले आवे के बा साथही इहो लिखवा के ले आवे कि उनका खिलाफ कवनो पुलिस कार्रवाई नइखे चलत.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..