काल्हु बलिया बन्द रहल
-

जिला के माध्यमिक आ जूनियर स्कूलन के शिक्षक अपना तनखाह खातिर पिछला कई महीना से आंदोलन करत बाड़े. एह आंदोलन के समर्थन में काल्हु बलिया मे बंद के आह्वान कइल गइल जवना के लोग भरपूर समर्थन दिहल. एह आंदोलन में शिक्षक विधायक चेतनारायण सिंह पिछला सात दिन से अनशन पर बाड़न. बलिया के शिक्षकन के पिछला सात महीना से तनखाह नइखे दिहल जात जवना से ओह लोग के परिवार चलावल मुश्किल हो गइल बा. ओने बतावल जा रहल बा कि जिला के १५१ गो शिक्षकन के छोड़ के बाकी लोग के तनखाह के भुगतान के आदेश जल्दिये दे दिहल जाई. जवना लोग पर जाँच चलत बा ओही लोग के तनखाह रुकल रही.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts