"दम होई जेकरा में उहे गाड़ी खूँटा" 16 अगस्त से मुंबई में

DumHoiJekraMeऐ.वी.एस प्रोडक्शन के भोजपुरी फिलिम “दम होई जेकरा में उहे गाड़ी खूँटा” 16 अगस्त से मुंबई आ गुजरात में रिलीज होखत बा. एकरा पहिले इ बिहार में रिलीज हो चुकल बा. फिलिम के कहानी नारी प्रधान आ भ्रुण हत्या पर बा. नायिका बाड़ी रानी चटर्जी. फिलिम के आठो गीत बहुते बढ़िया बाड़ी स. निर्माता हउवें अशोक कुमार दुरानी, विनोद कुमार खन्ना आ श्रवण शर्मा. निर्देशक-कथा-पटकथा लेखक संगीत कुमार, संगीतकार मधुकर आनंद, गीतकार मुन्ना दुबे, रजनीश सिन्धु, आर. आर. पंकज, आ प्रमोद शाकुंतलम. छायांकन बबलू खान के बा त मारधाड़ करवले बाड़न सिंह इज किंग. नृत्य निर्देशन पप्पू खन्ना आ कानू मुखर्जी के आ संकलन कइले बाड़न धरम सोनी.

मुख्य कलाकारन में रानी चटर्जी, राज प्रेमी, एयाज़ खान, बंदिनी मिश्र, के. के. गोस्वामी, सी. पी. भट्ट, श्रवण शर्मा, कौशल शर्मा, अंजली श्रीवास्तव, नागेश मिश्रा, अशोक दुरानी, श्री कोंकणी, चांदनी बरनवाल आ जय प्रकाश त्रिपाठी शामिल बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।