दिलफेंक आशिक राकेश मिश्रा

RakeshMishraभोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार राकेश मिश्रा आजुकाल्हु ‘दिल तेरा आशिक’फिलिम के शूटिंग करत बाड़न.

निर्माता निर्देशक अतुल मिश्रा के एह फिलिम का बारे में राकेश मिश्रा बहुते उछाह में बाड़न. उनकर कहना बा कि एकर कहानी कुछ अलग तरह के बा जवन उनका बहुत पसंद आइल.

जानत चलीं कि अपना पहिलके फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ से रातो रात स्टार बन गइल राकेश के उनकर फिलिम ‘दीवानगी हद से’ रिलीज का पहिलहीं सुपर स्टार बना दिहलसि. राकेश मिश्रा के एगो अउर फिलिम ‘प्यार किया तो डरना क्या’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।