फेरू महारानी बनीहें संजय पांंडे
-

SanjayPanday
भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन खलनायक संजय पांडे जल्दिए एक बेर फेरू ‘महारानी’ के भूमिका में नजर आवे वाला बाड़न.

फिलिम ‘बताशा चाचा’ में महिला खलनायिका महारानी के किरदार में संजय पांडे के दर्शक खूब पसंद कइले रहन. अब ओही फिलिम के सिक्वल ‘बताशा चाचा पार्ट टू’ में संजय पांडे फेरू महारानी बनीहें.

बताशा चाचा के नायक हउवें मनोज टाईगर. मनोज टाईगर जब संजय के बतवलें कि उ बताशा चाचा के सिक्वल बनावे जात बाड़न त संजय पूछ दिहलें कि महारानी वाला किरदार के करी. मनोज टाईगर कहलन कि ओही ला त आपके साइन करे आइल बानी.

जान जाईं जे बताशा चाचा के महारानी बनला का बाद संजय पांडे के लोकप्रियता में बहुते इजाफा हो गइल रहुवे.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts