दिल्ली गैंग रेप के मुख्य आरोपी रामसिंह फाँसी लगा लिहलसि

दिल्ली के बेहद सुरक्षित कहल जाए वाला तिहाड़ जेल का बैरक में बंद दिल्ली गैंग रेप के मुख्य आरोपी राम सिंह आजु सोमार का सबेरे फाँसी लगा के मर गइल. अब एह मामिला के मजिस्ट्रेटी जाँच करावल जात बा. राम सिंह के वकील आ परिवारवालन के कहना बा कि एह बात पर पूरा सन्देह बा कि राम सिंह के खुदकुशी कइले होई. ओकरा पिता के कहना बा कि राम सिंह के हत्या कर के ओकरा के फाँसी पर लटका दिहल बा.

अब बाकी आरोपियन के सुरक्षा कड़ा कर दिहल गइल बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।