बिहार के राज्यपाल देवानंद कुंवर के त्रिपुरा पठा दिहल गइल

बिहार के राज्यपाल रहल देवानंद कुंवर के केन्द्र सरकार त्रिपुरा के राज्यपाल बना के भेज दिहलसि आ बिहार के राज्यपाल डीवाई पाटिल के बना दिहल गइल बा जे त्रिपुरा के राज्यपाल रहलन. बतावल जात बा कि विश्वविद्यालयन के कुलपतियन का नियुक्ति में नीतीश कुमार से राज्यपाल के मतभेद चलत रहुवे जवना से नीतीश कुमार नाराज रहलन आ अब नीतीश के पटावे खातिर कांग्रेस नीत केन्द्र सरकार देवानंद कुंवर के बिहार से पठा दिहलसि.

अब माँग उठत बा कि देवानंद कुंवर के कार्यकलापन के जाँच करावल जाव.

0 Comments

Recent Posts