दिल्ली में बिहार महोत्सव

शुक का दिन से दिल्ली के रविन्द्र भवन परिसर में तीन दिन ले चले वाला बिहार महोत्सव के शुरुआत हो गइल.

ई आयोजन बिहार सरकार के कला,संस्कृति अउर युवा विभाग, संगीत नाटक अकादमी आ बिहार ललित कला अकादमी मिल के कइले बावे.

कार्यक्रम के शुरुआत बिहार राज्यगीत से कइल गइल आ ओकरा बाद बिहार गौरव गान भइल. दुनिया भर में मशहूर यक्षी के बड़का कट-आउट का संगे मधुबनी पेंटिंग, सिक्की आर्ट आ गोलघर, मनेर शरीफ जइसन पर्यटन जगहन के तस्वीर लगावल गइल बा. एहिजा चूड़ा-दही, सतुआ, लिट्टी चोखा के आनंद उठावे के भरपूर मौका बा त बिहार के पेटिंग, हस्तकला वगैरहो के जायजा लिहल जात बा.

एह आयोजन से दिल्ली के लोग के बिहारी संस्कृति, कला, संगीत, व्यंजन आ हस्तकला से परिचित करावे के कोशिश कइल गइल बा. साल 2009 में कोलकाता में एह तरह के महोत्सव क के एकर शुरूआत भइल रहे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।