भाजपा नेता डा. सी.पी. ठाकुर आरक्षण खतम करे के माँग कइलन
-

बिहार भाजपा के अध्यक्ष रहल डा. सी. पी. ठाकुर आजु आरक्षण खतम करे के माँग क के चुनावी माहौल में बॅड़ेरा उठा दिहलन. कहलन कि आजादी का बाद महज दस साल खातिर आरक्षण के बात कहल गइल रहुवे बाकिर ई आजु ले चलल आवत बा आ अब एकरा के खतम क देबे के चाहीं.

भाजपा के गठबन्हिया सहयोगी लोजपा के राम विलास पासवान के कहना बा कि एह तरह के बात करे वाला लोग के एह व्यवस्था के सही जानकारी नइखे.

कुछ दिन पहिले बसपा नेत्री मायावती कहले रहली कि केन्द्र के मौजूदा सरकार येन केन प्रकारेण आरक्षण के व्यवस्था खतम करे का फेर में लागल बिया आ भाजपो एही फिराक में बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts