दिल्ली में भोजपुरिया होली मिलन

देर से मिलल एगो खबर का मुताबिक पिछला दिने दिल्ली में भाजपा पूर्वांचल प्रकोष्ठ का तरफ से होली मिलन समारोह आयोजित कइल गइल जवना में मुख्य अतिथि बन के आइल बिहार के मोतिहारी से सांसद राधामोहन सिंह कहलें कि होलिका में नफरत आ भ्रष्टाचार के दहन कर के समरसता आ भाईचारा का साथ होली मनावल जाव. समारोह में दिल्ली प्रभारी संतोष ओझा, सह संयोजक दिनेश प्रताप सिंह, प्रदेश अध्यक्ष बिजेन्द्र गुप्ता, पूर्वांचल प्रकोष्ठ संयोजक अभय वर्मा, सांसद हरी माँझी, अली अनवर, मीना सिंह, डा॰ संजय सिंह, विधायक एस सी एल गुप्ता, वगैरह लोग शामिल रहे. समारोह में गजाधर ठाकुर अपना गायकी से समा बाँध दिहले. समारोह का बाद रात्रि भोज के आयोजन रहे.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..