बिहार दिवस पर रवि किशन बधाई दिहले
-

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन बिहार के मुख्य मंत्री नीतीश कुमार अउर सगरी बिहार वासियन के बधाई दिहले बाड़न. अपना सन्देश में रवि किशन लिखले बाड़न कि बिहार से उनुकर पुरान नाता रहल बा आ ऊ बदलत बिहार के बहुते नजदीक से देखले बाड़न. लिखले बाड़न कि ई सबकुछ भइल बा नीतीश कुमार का चलते. आगे कहले बाड़न कि आजुवे का दिन पिछला साल पटना के गाँधी मैदान में बिहार दिवस समारोह के गवाह बनल रहले आ लोग के जोश देख के उनुका लागल रहे कि सभे नीतीश कुमार का नेतृत्व में आगा बढ़े के उतावला बा. एह साल के बिहार दिवस समारोह में भाग ना ले पइला के उनुका दुख बा.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts