दिल्ली मे कांग्रेस के बदलैन भाजपे बिया, कहले हर्षवर्धन

नयी दिल्ली 02 अक्तूबर (वार्ता) भाजपा के मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार हर्षवर्धन के कहलन कि दिल्ली मे कांग्रेस के बदलैन केवल भाजपा बिया आ आठ दिसम्बर के आवे वाला चुनाव नतीजन से ई बात साफ हो जाई. कहलन कि आम आदमी पार्टी, एएपी, लेके जवन सर्वेक्षण आवत बा तवन धइले रह जाई. कहलन कि चार बेर से दिल्ली विधानसभा के चुनाव लडत बाड़े आ उनका दिल्ली के मतदातन के विवेक पर पूरा विश्वास बा.

हर्षवर्धन कहले कि दिल्ली मे मौजूदा भ्रष्ट सरकार के उखाड फेकल आ लोग के एगो पारदर्शी आ जवाबदेह शासन दीहल भाजपा के ध्येय बा. कहलन कि एएपी नेता अरविंद केजरीवाल के कहना कि त्रिशंकु परिणाम अइला प ऊ केहू के समर्थन ना बिल्कुल बेमतलब बा. दिल्ली मे भाजपा के सरकारे ना बनी ओकरा दू तिहाई बहुमत हासिल होखी.

केजरीवाल से खुला बहस के बारे मे डा. हर्षवर्धन कहलन कि उ तार्किक बहस करे मे केहू से पीछे हटे वाला ना हउवे बाकिर बेवजह के चरचा में विश्वास ना करसु. कहलन कि बहस का जरिए केहू के सस्ता लोकप्रियता दिअवला में उनकर कवनो रुचि नइखे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।