इतिहास में 3 नवंबर

644.. मुसलमानन के दुसरका खलीफा उमर इब्न अल खत्तब के हत्या मदीना मे एगो फारसी दास क दिहलसि.
1493.. क्रिस्टोफर कोलंबस डोमिनिका द्वीप खोजलन.
1762.. स्पेन लूसियाना पर कब्जा कइलसि.
1796.. जोन एडम्स अमेरिका के राष्ट्रपति चुनइले.
1838.. प्रसार संख्या के हिसाब से दुनिया के सबले बड अंग्रेजी अखबार .द टाइम्स आफ इंडिया. के प्रकाशन शुरू.
1903.. पनामा कोलंबिया से आजाद भइल.
19।3.. अमेरिका मे आयकर लागू भइल.
19।8.. आस्ट्रो..हंगरी साम्राज्य के विघटन भइल.
1928.. तुर्की में अरबी का जगहा रोमन वर्णमाला सकारल गइल.
1931.. पहिला बेर बनावटी रबर के वाणिज्यिक उत्पादन शुरू.
1948.. भारत के पहिलका प्रधानमंत्री जवाहरलाल नेहरू संयुक्त राष्ट्र आम सभा के संबोधित कइलन.
1960.. आइवरी कास्ट मे संविधान लागू भइल.
1962.. चीनी हमले के देखत भारत मे गोल्ड बांड योजना के घोषणा.
1978.. सोवियत संघ आ वियतनाम शांति अउर मैत्री संधि कइले.
2000.. भारत मे डायरेक्ट टू होम.डीटीएच. सेवा के शुरूआत.
(वार्ता के सौजन्य से)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..