रोहित शर्मा के डबल सेंचुरी से भारत जीतल
-

बेगलूर 02 नवम्बर (वार्ता) भारतीय क्रिकेट के नयका रिकार्ड पुरूष. बन गइल रोहित शर्मा के 16 गो छक्का के विश्व रिकार्ड से सजल 209 रन के आतिशी पारी के धूमधडाका भारत के आस्ट्रेलिया से जीता दिहलसि आ देश के दिवाली के शानदार तोहफा मिल गइल.

सात गो एकदिना मैचन के सीरीज 3..2 से भारत का नामे रहल आ एकदिवसीय रैकिंग में भारत के बादशाहत अउरी मजबूत हो गइल.

मैन आफ द मैच. रोहित शर्मा 158 गेद पर 12 गो चौका आ 16 गो छक्का का सहारे 209 रन के अइसन रिकार्डतोड़ पारी खेललन जवना के ढेर दिन ले याद राखल जाई.

26 साल के रोहित एकदिना इतिहास मे सचिन तेदुंलकर .नाबाद 200. आ वीरेन्द्र सहवाग .219. के बाद डबल सेंचुरी मारे वाला तिसरका खिलाड़ी हो गइले. एही पारी का बदौलत भारत छह विकेट पर 383 रन बनवलस आ ई स्कोर आस्ट्रेलिया के खिलाफ भारत के सबले बड़का स्कोर रहल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts