सडक दुर्घटना मे दू लोग मरल दर्जन लोग घवाहिल

गोरखपुर 02 नवम्बर (वार्ता) गोरखपुर जिला के सहजनवा इलाका में बरहुवा के नियरा बस्ती से गोरखपुर आवत ट्रक एगो मोटरसाइकिल के चपेट दिहलसि जवना से मोटर साइकिल सवार बीस साल के खुशबू यादव के ठाँवे प मौत हो गइल. संगे बइठल उनकर पिता बुरी तरह घवाहिल हो गइलन.

धक्का मार के भागत ट्रक आगे जा के गोरखपुर से आवत एगो मैजिक सवारी गाडी के धक्का मार दिहलसि. जवना से ओह पर सवार एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइल.

सगरी घायलन के जिला अस्पताल आ मेडिकल कालेज में भरती करावल गइल जहाँ इलाज का दौरान 40 साल के एगो अनजान आदमी के मौत हो गइल. तीन गो घवाहिलन के हालत खराब बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..