दुबईओ में चलल रवि किशन के जादू

रविकिशन भोजपुरी फिलिमन के इकलौते अभिनेता हउवन जे हिंदीओ सिनेमा में आपन दमदार मौजूदगी दर्ज करवले बाड़े. आजु ऊ हिंदी के सगरी नामी गिरामी बैनर आ सितारन का साथे काम करत बाड़े. एह शुक के रिलीज फिल्म “अजान” में रवि किशन के सराहे जोग भूमिका बा आ फिल्म समीक्षक उनुका काम के बहुते तारिफ कइले बाड़े. रवि किशन एह फिल्म में एगो रॉ अधिकारी के भूमिका में बाड़न.

हाल ही में रवि किशन बिहार आ उत्तरप्रदेश में एह फिल्म के प्रोमोशन कइलन जवना खातिर निर्माता उनुका के विशेष विमान दिहले रहुवन. दुबई में आयोजित एह फिल्म के प्रीमियर में रवि किशन ख़ास आकर्षण रहले. सोशल नेटवर्किंग वेबसाईट से रवि किशन के दुबई में होखला के जानकारी मिलते उनुकर सैकड़ों फैन ग्रांड हयात सिनेप्लेक्स में पहुच गइले आ प्रीमियरो का बेरा रवि किशन के जुमला “जिन्दगी झंड बा फिर भी घमंड बा” गूंजता रहल

जाने जोग बाति बा कि दुबई में भोजपुरियन के तादात बहुते बा आ अपना सितारा के ओहिजा पा के उनुका अपना माटी के खुशबू के एहसास हो गइल. रवि किशन के कहना बा कि आजु भोजपुरी सिनेमा के दुनिया के विभिन्न देशन में बसल भोजपुरी भाषी जाने चाहत बाड़े. दुबई में अपना प्रशंसकन से मिलल प्यार से अभिभूत रवि किशन कहले कि भोजपुरी सिनेमा अब बिहार उत्तरप्रदेश के सीमा लांघत सात समंदर पार ले चहुँप गइल बा आ जल्दिये एह भाषा के बढ़िया फिलिमन के विदेशीओ दर्शक देखे लगीहें.


(स्रोत : उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..