देखनिहारन के नीक लागत बाड़े विक्रान्त सिंह

भोजपुरी अभिनेता विक्रांत सिंह के हालही में रिलीज फिल्म “कर्तव्य” बिहार में धमाल मचा रहल बा. एह फिल्म के लोग खूब पसन्द कइले बा. आ ओहू ले बेसी खुशी के बाति ई बा कि विक्रांत के लुक आ स्टाइल नवहियन के खूबे निमन लागल बा. कुछ लोग त बाकायदा विक्रांत लुक में लउके लागल बा. फिल्म में परदा पर विक्रांत सिंह जब जब आवत बाड़न तब तब दर्शक उनुकर उछाह का साथ स्वागत करत बाड़े. विक्रांत के कहना बा कि ई सब कुछ निर्देशक जगदीश शर्मा के कमाल बा जे ऊ विक्रांत के किरदार के अतना बढ़िया से परदा पर पेश करवले बाड़न.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..