मल्टी स्टारर फिल्म केहू हमसे जीत ना पाई
-

जानल मानल निर्माता डा॰ वजाहत करीम आ डा॰ सुरहिता करीम जी के फिल्म्स प्रोडक्शन प्रा॰लि॰ का बैनर में एगो मल्टीस्टारर भोजपुरी फिल्म बनवले बाड़े जवना के लेखक आ निर्देशक हउवें एम॰आई॰राज. एह फिल्म में भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन आ रिंकू घोष के जोड़ी बिदाई आ बलिदान का बाद फेर नजर आवे जा रहल बा. फिल्म के बाकी कलाकारन में सुशील सिंह, मनोज टाइगर, मोहित घई, राजीव दिनकर, महेश राजा, हितेन्द्र पाण्डेय, प्रतिभा पाण्डेय, स्वाति वर्मा, कोमल ढिल्लन, श्रीकंकाणी, अयाज खान, अरुण बख्शी, दीपा ग्रेवाल, प्रमिला आ शाहबाज खान के नाम शामिल बा.

डा॰ करीम दम्पत्ति के एह देशभक्ति भरल फिल्म “केहू हमसे जीत ना पाई” के शूटिंग उत्तर प्रदेश के गोरखपुर में करावल गइल बा. डा॰करीम एह फिल्म से पहिले दू गो हिन्दी फिल्म “सोच” आ ” दो दिलों के खेल में” बना चुकल बाड़न. उनकर कहना रहे कि ढेर दिन से एगो बढ़िया भोजपुरी फिल्म बनावे के इच्छा मन में रहे आ जब मनलायक स्क्रिप्ट मिल गइल त देशभक्ति के जज्बा वाला एह स्क्रिप्ट पर ऊ फिल्म बनावल तय कर लिहले.

केहू हमसे जीत ना पाई के कहानी एस॰ के॰ चौहान के लिखल ह. संगीत सतीश अजय, राम प्रवेश आ अमरेश झा के ह. गीत एस॰के॰चौहान, नफीस आलम, फणिन्द्र राव, संतोष पुरी, श्याम देहाती आ रुस्तम घायल के लिखल बा. कैमरा संचालन आकाश दीप के, एक्शन राम शेट्टी के बा. कार्यकारी निर्माता हवें सुनील सिंह.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts