देवरिया में सडक हादसा में दारोगा के मौत

(प्रतीक फोटो)


देवरिया,13 अप्रैल (वार्ता). देवरिया के बरहज इलाका में दू गो मोटरसायकिलन के टक्कर में एगो दारोगा के मौत हो गएल आ दू जने घवाहिल हो गइलें
पुलिस से पता चलल कि गाजीपुर जिला के सैदपुर इलाका के मूल निवासी अजय कुमार पाठक (50 बरीस के) बरहज थाना में तैनात रहलें.
काल्हु साँझ गश्ती करत मोटरसायकिल से बरहज थाना आवत घरी बरहज ब्लाक का नियरा उनुकर टक्कर सामने से आवत मोटरसायकिल से हो गइल.
गम्भीराह घवाहिल दारोगा के मेडिकल कालेज गोरखपुर रेफर क दीहल रहे जहां उपचार का दौरान उनुकर मृत्यु हो गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।