बलिया सड़क हादसा में क्रेन खलासी के मौत, दू जने घवाहिलो
-


बलिया 13 अप्रैल (वार्ता). बलिया के हल्दी इलाका में आजु क्रेन आ ट्रक के टक्कर में क्रेन के खलासी के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलें.
पुलिस सूत्र बतवलें कि बलिया ओर जात एगो क्रेन पचरुखिया ढाला का लगे बैरिया से आवत ट्रक से टकरा गइल. एह टक्कर का चलते क्रेन के खलासी वरुण कुमार चौहान, उमिर 20 बरीस, के ओहिजे मौत हो गइल. वरुण मऊ सिला के सिसवां बहुलवा के रहे वाला रहुवे.
एहा हादसा में घवाहिल भइल सिवान जिला के सोनू आ वाराणसी के अभिषेक के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..