देश के पहिलका ‘हमसफर’ ट्रेन आज से शुरू


देश के पहिलका फुल एसी ट्रेन आजु गोरखपुर से दिल्ली आनंदविहार खाति रवाना हो गइल. 12595 अप/12596 डाउन एह ट्रेन के दिल्ली में बइठल रेल मंत्री सुरेश प्रभु सिग्नल दे के रवाना करवलन. गोरखपुर से आनन्दविहार का बीच चले वाली ट्रेन के रुट गोरखपुर-बस्ती-गोंडा-लखनऊ-कानपुर-आनन्द विहार से गुजरी. 12571अप/12572डाउन ट्रेन के रूट गोरखपुर-बढऩी-गोंडा-लखनऊ-कानुपर-आनन्द विहार. बस्ती हो के चले वाली ट्रेन हफ्ता में दू दिन आ बढ़ना होके चले वाली हमसफर ट्रेन हफ्ता में एक दिन चलल करी.

हमसफर ट्रेन के रफ्तार हर घंटा 160 किमी के रह सकी. हर कोच में चाय-काफी आ सूप खाति वेन्डिंग मशीन लगावल गइल बा आ हर बर्थ खाति चार्जिंग प्वायंट अलग रही. कोच में सीसीटीवी कैमरा अउर बायोटॉयलेट रही. आ डिस्प्ले बोर्ड पर अगिला टीसन के जानकारी दीहल जात रही.

बहुते आधुनिक आ आरामदायक हमसफर ट्रेन के किराया बाकी ट्रेनन का मुकाबले बेसी राखल गइल बा. आ जस जस टिकट कटत जाई तस तस भाड़ा बढ़त जाई. गोरखपुर से आनन्द विहार के भाड़ा कम से कम 1240 रुपिया आ बेसी से बेसी 1790 रुपिया ले रहल करी. खाली बाच गइल बर्थ के कोच में मौजूद टीटी 1610 रुपिया में बेचल करीहें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *