बिहार यूपी का बीच डायरेक्ट बस सेवा
-


बिहार आ यूपी का परिवहन विभागन का बीच पिछला मई महीना में भइल समझौता के लागू करत बिहार सरकार सात गो रूटन प बस चलावे के इजाजत दे दिहलसि. बिहार राज्य परिवहन प्राधिकार के बैठक में एह बसन ला परमिट जारी कइल गइल बा. अब बिहार राज्य पथ परिवहन निगम एह रुटन पर आपन बस चलावल शुरू क दी.

सातो रूटन प मिला के 21 गो बस चलावल जइहें स. पटना-गोरखपुर, पटना-वाराणसी, मुजफ्फरपुर-गोरखपुर, मोतिहारी-गोरखपुर, आरा-वाराणसी, रक्सौल-गोरखपुर आ दरभंगा-भदोही एह रूटन में शामिल बा.

सबले अधिका परमिट पटना-गोरखपुर का बीच बँटाइल बा. एह रुट प 12 गो बस चलीहें स. जबकि पटना-वाराणसी का बीच 4 गो. एक महीना का भीतर एह बसन के चलल शुरू क देबे के बा. ओने यूपी परिवहन प्राधिकार अबहीं कवनो परमिट नइखे जारी कइले बाकि अब उमेद बा कि ओनियो से बस के परमिट जल्दिये जारी क दीहल जाई.

बिहार यूपी का बीच कुल 34 रूट पर परिवहन समझौता भइल रहुवे दुनू राज्यन का बीच.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts