देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शनिचर, 22 अक्टूबर)
खास खबर

  • नई दिल्ली से टोरंटो जात इंडियन एयरलाइंस के विमान में उड़ान का दौरान एगो महिला अपना बच्ची के जनम दिहलसि. ओही विमाने में यात्रा करत एगो महिला चिकित्सक ओकर देखरेख कइली. इंडियन एयरलाइंस के इतिहास में एह तरह के ई पहिला घटना बा.
  • 2 जी घोटाला में केंद्रीय मंत्री रहल ए. राजा आ 13 जने दोसर आरोपियन पर आरोप तय करत घरी अदालत साफ कर दिहलसि कि अभियोग लगावे खातिर राजकोष के नुकसान के विषय जरूरी नइखे. आरोप तय हो गइला का बाद भाजपा अध्यक्ष नितिन गडकरी कहले कि प्रधानमंत्री अपना जिम्मेदारी से भाग ना सकसु.
  • अफगानिस्तान के राष्ट्रपति हामिद करजई के कहना बा कि अगर अमेरिका भा भारत पाकिस्तान पर हमला करीहें त उनकर देश ओह हालत में अपना भाई पाकिस्तान का साथे खड़ा मिली.
  • अमरनाथ यात्रा पर जाये खातिर अब चिकित्सकीय दृष्टि से स्वस्थ होखर जरूरी बना दिहल गइल बा. सरकार के कहना बा कि ई फैसला एह यात्रा के दुर्गम होखला का चलते कइल गइल बा. एह साल अमरनाथ यात्रा का दौरान 107 तीर्थयात्रियन के मौत हो गइल रहे.
  • अबू धाबी टेस्ट बेनतीजा रहल जब श्रीलंका अपना दुसरका पारी में शानदार खेल देखा के मैच ड्रा करा लिहलसि.

देश

  • छत्तीसगढ़ का बिलासपुर जिला ले तारबहार इलाका में रेल लाइन पार करत घरी एगो तेज रफ्तार रेलगाड़ी का चपेटा में अइला से कम से कम 12 गो पैदल लोग के मौत हो गइल.
  • कर्नाटक के मुख्यमंत्री रहल येदियुरप्पा के न्यायिक हिरासत 3 नवम्बर तक बढ़ा दिहल गइल बा. अब ऊ हाईकोर्ट से जमानत मिले के इंतजार में बाड़न.
  • दार्जिलिंग जिला के बिजोनबाड़ी इलाका में शनिचर का दिने एगो पुल गिरला से 10 लोग के मौत हो गइल आ 60 जने घवाहिल हो गइले.
  • 2 जी घोटाला में केंद्रीय मंत्री रहल ए. राजा आ 13 जने दोसर आरोपियन पर आरोप तय करत घरी अदालत साफ कर दिहलसि कि अभियोग लगावे खातिर राजकोष के नुकसान के विषय जरूरी नइखे. आरोप तय हो गइला का बाद भाजपा अध्यक्ष नितिन गडकरी कहले कि प्रधानमंत्री अपना जिम्मेदारी से भाग ना सकसु.
  • जयललिता आ नरेन्द्र मोदी जब केन्द्र पर पक्षपात के आरोप लगवले त प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह मुख्यमंत्रियन के भरोसा दिहले कि कवनो प्रदेश का साथे एह चलते भेदभाव ना कइल जाई कि ओहिजा गैर कांग्रेसी सरकार बिया.
  • भठियरपन का खिलाफ जन चेतना यात्रा पर निकलल लालकृष्ण आडवाणी बेंगलुरू में 30 अक्टूबर के होखे वाली जनसभा के सम्बोधित ना करीहें.
  • 2जी मामिला में अपना कंपनी आ तीन गो अधिकारियन पर आरोप तय भइला का बाद रिलायंस टेलीकाम के कहना बा कि आरोप तय भइला के मतलब ई नइखे कि ओह लोग के दोषी मान लिहल गइल बा.
  • केंद्रीय कार्मिक मामिलन के राज्य मंत्री नारायणसामी के कहना बा कि सरकार राज्यन में लोकायुक्तन के नियुक्ति में एकरूपता ले आवे खातिर जल्दिये एगो ‘आदर्श विधेयक’ ले आई.
  • जम्मू काश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला केंद्र सरकार से गोहार लगवले बाड़न कि काश्मीर मुद्दा के स्थायी हल निकाले खातिर पाकिस्तान से बातचीत जारी राखल जाव.
  • मनसे अध्यक्ष राज ठाकरे ‘बिग बॉस-5’ पर मराठियन के अपमान करे के आरोप लगवले बाड़न आ कहलन कि एकरा प्रतिभागियन के मराठी समुदाय से माफी माँगे के चाहीं.
  • राजस्थान के नर्स भंवरी देवी के अपहरण के दू गो आरोपियन में से एगो आरोपी शनिचर का दिने अदालत में समर्पण कर दिहलसि. भंवरी पिछला दू महीना से गायब बिया.
  • भारत दौरे पर आइल नेपाल के प्रधानमंत्री बाबूराम भट्टराई शनिचर का दिने कहलन कि उनुकर यात्रा सफल रहल आ दुनु देश का रिश्ता में एगो नया अध्याय शुरु भइल बा.
  • फारस का खाड़ी में बियफे का दिने डूबल ईरानी जहाज पर काम करे वाला छह गो भारतीय कामगारन के अबही ले पता नइखे चलल.
  • तमिलनाडु के मंत्री सी. कुरुप्पासामी के शनिचर का दिने 56 साल का उमिर में कैंसर से मौत हो गइल.
  • दिल्ली में रसोई गैस सिलेंडर में रिसाव का चलते लागल आग से छह साल के एगोलड़िकी समेत परिवार के तीन बेकत जर के मर गइले.
  • नई दिल्ली से टोरंटो जात इंडियन एयरलाइंस के विमान में उड़ान का दौरान एगो महिला अपना बच्ची के जनम दिहलसि. ओही विमाने में यात्रा करत एगो महिला चिकित्सक ओकर देखरेख कइली. इंडियन एयरलाइंस के इतिहास में एह तरह के ई पहिला घटना बा.
  • अमरनाथ यात्रा पर जाये खातिर अब चिकित्सकीय दृष्टि से स्वस्थ होखर जरूरी बना दिहल गइल बा. सरकार के कहना बा कि ई फैसला एह यात्रा के दुर्गम होखला का चलते कइल गइल बा. एह साल अमरनाथ यात्रा का दौरान 107 तीर्थयात्रियन के मौत हो गइल रहे.

दुनिया के खबर

  • अफगानिस्तान के राष्ट्रपति हामिद करजई के कहना बा कि अगर अमेरिका भा भारत पाकिस्तान पर हमला करीहें त उनकर देश ओह हालत में अपना भाई पाकिस्तान का साथे खड़ा मिली.
  • लीबिया के सत्ताधारी राष्ट्रीय अंतरिम परिषद शनिचर का दिने कहलसि कि आठ महीना का भीतर चुनाव करा के अंतरिम सरकार बना लिहल जाई.
  • समय पर बिजली बिल ना भरला का चलते शुक का दिने पाकिस्तान के पेशावर छावनी रेलवे स्टेशन के बिजली काट दिहल गइल.
  • टीवी पर गद्दाफी के लाश देख के गद्दाफी के बेटी आयशा बेमार हो गइल बाड़ी आ उनुका के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • क्रोएशिया में दू गो पादरियन के इंटरनेट से अश्लील सामग्री हासिल करे का आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • अमेरिकी प्रशासन ट्राई-वैली विश्वविद्यालय के 435 भारतीय छात्रन के दोसरा संस्थानन में जाये के मंजूरी दे दिहले बा.
  • कांटा के टक्कर में पाकिस्तान शुक का दिने एक वोट का सहारे दू-तिहाई बहुमत हासिल कर लिहलसि आ दू साल खातिर संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद में पहुंच गइल.
  • वेटिकन लीबिया के अंतरिम परिषद के मान्यता दे दिहलसि.
  • 2011 का आखिर ले अमेरिका के सैनिक इराक छोड़ दीहें, कहलन बराक ओबामा.
  • कोल्ड स्टोरेज में राखल गइल बा गद्दाफी के लाश.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • गीतांजलि समूह शनिचर का दिने मुंबई में अइसनका पहिला एटीएम शुरू कइलस जवना से लोग सोना के मेडल, सिक्का आ गहना खरीद सकेला.
  • एक्सिस बैंक के शुद्ध लाभ में एह साल के दुसरका तिमाही में 25 फीसदी के बढ़ोतरी भइल बा.
  • सिंगापुर कार्य वीजा के नियम कड़ा कर दिहलसि. एहिजा बहुते भारतीय काम करेलें.

मनोरंजन का दुनिया से

  • पिछला बेर आइटम नम्बर ‘बुड्ढा होगा तेरा बाप’ में नजर आइल अभिनेत्री रवीना टंडन फिल्म ‘गिन लिया आसमान’ से एक बेर फेरू बड़का परदा पर वापसी करत बाड़ी.
  • अभिनेता सलमान खान आ शाहरुख खान का बाद अब आमिरो खान छोटका परदा पर शुरुआत करे खातिर तइयार बाड़े. आमिर खान जल्दिये एगो टीवी कार्यक्रम ले के आवे वाला बाड़न.
  • आमिर खान ‘रा.वन’ के सफलता के कामना कइलन. आमिर एह बात से इंकार कइलें कि डेल्ही बेली के कवनो सिक्वेल बनावे के योजना उनुका लगे बा.

खेल के खबर

  • मार्टिन गुपटिल (105) अउर ब्रेंडन मैक्लम (87) के शानदार पारियन का मदद से न्यूजीलैंड क्रिकेट टीम हरारे स्पोर्ट्स क्लब मैदान पर शनिचर के खेलल दुसरका एकदिना मैच में जिम्बाब्वे के चार विकेट से हरा दिहलसि.
  • अबू धाबी टेस्ट बेनतीजा रहल जब श्रीलंका अपना दुसरका पारी में शानदार खेल देखा के मैच ड्रा करा लिहलसि.
  • क्रिकेट के सबसे सम्मानित स्तम्भकारन में से एगो पीटर रोबक के कहना बा कि इंग्लैंड का साथ होखत एकदिना श्रृंखला में भारतीय टीम के सफलता वाकई काबिलेतारीफ बा काहे कि टीम के कई दिग्गज अबही नइखन खेलत.
  • चटगांव टेस्ट में बरखा का चलते दुसरका दिन के खेल रद्द कर दिहल गइल.

0 Comments