उत्तर प्रदेश के खबर
-

(शनिचर, 22 अक्टूबर)

  • आगरा में आयोजित एगो सभा में टीम अन्ना के अरविंद केजरीवाल कहले कि अगर संसद के शीतकालीन सत्र में लोकपाल विधेयक पास नइखे होखत त अन्ना हजारे फेरु अनशन करीहें. एह बीच टीम अन्ना का खिलाफ तरह तरह के आरोप बढ़ल जात बा. किरण बेदी के गलत आचरण का बाद अब अरविंद केजरीवाल पर स्वामी अग्निवेश आरोप लगवले बाड़न कि अरविंद केजरीवाल इण्डिया अगेन्स्ट करप्शन खातिर मिलल चंदा में से सत्तर से अस्सी लाख रुपिया अपना ट्रस्ट का खाता में जमा करा दिहले बाड़े.
  • गाजीपुर में शनिचर का दिने बिरनो थाना के गोरयां गांव में एगो निजी स्कूल में प्राचार्य के लाश लटकत मिलल जवना का बाद खिसियाइल लोग हिंसा पर उतारू हो गइल. एह झड़प में कम से कम पन्द्रह लोग घवाहिल हो गइल जवना में नौ गो पुलिस कर्मी बाड़े. लोग के आरोप बा कि प्राचार्य के हत्या कर के एकरा के आत्म हत्या के केस बनावल जात बा.
  • शनिचर का दिने काकोरी काण्ड के महानायक अशफाकउल्लाह खाँ के एक सौ एगारहवाँ जन्मदिन मनावल गइल. जौनपुर के क्रांति स्तंभ पर मोमबत्ती आ अगरबत्ती जरा के उनुका के श्रद्धांजलि दिहल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts