देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(मंगल, 25 अक्टूबर)
खास खबर

  • उनइस महीना में तेरहवाँ बेर रिजर्व बैंक ब्याज दर बढ़ा दिहले बा जवना से घर, गाड़ी आ व्यापारिक काम खातिर लिहल करजा अउरी महँग हो जाई. जबकि रिजर्व बैंक के एह फैसला से आम आदमी के परेशानी त बढ़ल जात बा आ महँगाई के रफ्तार जस के तस बा.
  • अन्ना हजारे अपना ब्लाग पर किरण बेदी के बचाव करत कहले बाड़न कि चार गो लोग के गिरोह उनुका टीम पर अनाप शनाप आरोप लगावत बा.
  • कोलकाता एकदिना आजु होखे जा रहल बा आ भारतीय टीम इंग्लैंड के 5-0 से हरावे के कोशिश करी त इंग्लिश टीम अब आपन इज्जत बचावे खातिर खेली.

देश

  • (मंगल, 25 अक्टूबर)
  • जम्मू कश्मीर के कुछ हिस्सा से सशस्त्र बल विशेष शक्तियां अधिनियम हटावे के सरकारी अनुशंसा पर आ सेना के विरोध का बात अब सभकर नजर राज्यपाल एन. एन. वोहरा पर टिकल बा कि ऊ कवन फैसला लेत बाड़न.
  • संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद में भारत के पहल पर एगो प्रस्ताव सकार लिहल गइल जवना में कहल गइल बा कि सोमालिया तट पर होखे वाला समुद्री लूट के रोके आ समुद्री लुटेरन से जहाजन के बंधक बनावे का समस्या से निपटे खातिर कानून बनावल जाव.
  • हिमाचल प्रदेश के बिलासपुर जिला में एगो बस 1,000 फुट गहिरा खाई में गिर गइल जवना से कम से कम 27 लोग के मौत हो गइल बा.
  • अन्ना हजारे अपना ब्लाग पर किरण बेदी के बचाव करत कहले बाड़न कि चार गो लोग के गिरोह उनुका टीम पर अनाप शनाप आरोप लगावत बा.
  • अमर सिंह के खराब स्वास्थ्य का चलते पचास पचास लाख रुपिया के दू गो मुचलका पर जमानत दे दिहल गइल बा. जया प्रदा एकरा के दीवाली गिफ्ट बतवले बाड़ी. ओने रेवती रमण सिंह के आरोपी बना के निचला अदालत से भेजल सम्मन पर दिल्ली उच्च न्यायालय रोक लगा दिहले बिया.
  • आंध्र प्रदेश में अलग तेलंगाना राज्य खातिर चलत आंदोलन में शामिल सरकारी कर्मचारियन के 42 दिन पुरान हड़ताल सोमार का रात तूड़ दिहल गइल.
  • (सोमार, 24 अक्टूबर)
  • पत्रकार शिवानी भटनागर के साल 1999 में भइल हत्या के मामिला में पुलिस अधिकारी रहल आर. के. शर्मा के बरी करे वाला न्यायाधीश के आलोचना करे वाला वकील अशोक अरोड़ा से दिल्ली उच्च न्यायालय सोमार का दिने जवाब तलब कइलसि.
  • स्वामी अग्निवेश सोमार का दिने फेरु कहले कि अन्ना हजारे के रामलीला मैदान अनशन का दौरान जुटावल चन्दा के हिसाब सार्वजनिक होखे के चाहीं.
  • कर्नाटक के राज्यपाल हंसराज भारद्वाज सोमार का दिने लालकृष्ण आडवाणी के जन चेतना यात्रा पर टोंट मरले. अमूमन राज्यपाल एह तरह के हरकत ना करे लोग बाकिर कांग्रेसी संस्कार कुछुवो करा सकेला.
  • दीवाली का दिने दिल्ली मेट्रो सेवा साँझ 8 बजे का बंद कर दिहल जाई.
  • कनिमोझी आ येदियुरप्पा वगैरह के दीवाली अबकी जेले में मनी काहे कि ओह लोग के जमानत याचिका पर फैसला अलगा अलगा अदालतन में टार दिहल गइल बा.
  • केंद्रीय गृह मंत्री पी. चिदम्बरम सोमार का दिने कहलन कि भारत-तिब्बत सीमा पुलिस बल में जल्दिये 31,800 नया बहाली कइल जाई.
  • मिजोरम के एगो आदिवासी ईसाई सम्प्रदाय के मुखिया 39 गो पत्नियन का बावजूद फेरुबिआह कइल चाहत बा. ऊ अपना सगरी बीबी आ 120 से बेसी बच्चा अऊर पोता-पोतियन का साथे एके छत का नीचे रहल बा. शायद ई दुनिया के सबले बड़ परिवार होई.
  • पूर्वोत्तर के चार गो राज्यन – मिजोरम, मणिपुर, नागालैंड अउर अरुणाचल प्रदेश – के निवासी अब बगैर पासपोर्ट भा वीजा म्यांमार का सीमा में 16 किलोमीटर ले भीतर जा सकेले. इहे सुविधा एह राज्यन में आवे खातिर म्यांमार के नागरिकन के पहिलही से मिलल बा.
  • पिछला हफ्ता हिमाचल प्रदेश में दुर्घटनाग्रस्त मिग-29 के मलबा भा चालक के लाश अबही ले नइखे मिल पावल आ अब मिलहू के उमेद नइखे रहि गइल काहे कि ओह एरिया में जमके बरफ गिरत बा.
  • अपना जन चेतना यात्रा में ओडिशा चहुँपल आडवाणी कहले कि बीजद से गठबंधन होखे के सम्भावना से इंकार ना कइल जा सके.
  • अधिका लिहल किराया अब आयोजकन के लवटावे खातिर किरण बेदी राजी हो गइल बाड़ी. अधिका पइसा पचल ना उनुका से.
  • पूर्व नौसेना प्रमुख एडमिरल डाउसन के अतवार का दिने बेंगलुरू के कमांड अस्पताल में निधन हो गइल.

दुनिया के खबर

  • (मंगल, 25 अक्टूबर)
  • अमेरिका में भारत के निरूपमा राव अमेरिकी अधिकारियन से कहले बाड़ी कि ट्राई-वैली विश्वविद्यालय बंद होखला से प्रभावित भइल सैकड़ों भारतीय विद्यार्थियन के मामिला पर निष्पक्ष अउर उचित तरीका से विचार कइल जाव.
  • पाकिस्तान मरहूम नुसरत भुट्टो के मरला का बाद अपना देश के सबले बड़का सम्मान “निशान-ए-इम्तियाज” से सम्मानित कइले बा. नुसरत भुट्टो के अतवार का दिने निधन हो गइल रहे. उनुका पति जुल्फिकार अली भुट्टो के 1979 में फांसी चढ़ा दिहल गइल रहे आ बेटी बेनजीर भुट्टो के साल 2007 में हत्या कर दिहल गइल रहे.
  • इजरायल आ मिस्र का बीचे कैदियन के अदला-बदली खातिर बनल सहमति का बाद इजरायल अपना एगो संदिग्ध जासूस के रिहाई करावे खातिर मिस्र के 25 गो कैदियन के रिहा करी.
  • लीबिया के शासक रहल मुअम्मार गद्दाफी के मौत का बाद एगो अभियान चला के उनुका 50 गो से अधिका समर्थकन के हत्या कर दिहल गइल बा. ई खुलासा ह्यूमैन राइट्स वाच कइले बा.
  • नाटो साफ कर दिहले बा कि अब लीबिया का नियरा ऊ अपना सैनिकन के राखे के कवनो इरादा नइखे रखले. लीबिया के नया शासक के कहना बा कि अब लीबिया में मुस्लिम शरिया कानून लागू कर दिहल जाई.
  • संयुक्त राष्ट्र आर्थिक अउर सामाजिक परिषद के सदस्य चुनल गइल भारत आ सतरह गो अउरी देशन के.
  • तुर्की का भूकम्प में मरे वालन के गिनिती 279 भइल. राहत कार्य जारी बा आ छब्बीस गो विमान राहत सामग्री चहुँपावे में लागल बा.
  • (सोमार, 24 अक्टूबर)
  • चीन आ यूरोपीय संघ अपना सैन्य सम्बंधन के मजबूत करे के संकल्प लिहले.
  • तुर्की में आइल भूकम्प में आधिकारिक रूप से 265 गो मौत सकारल गइल बा. काल्हु अनेसा जतावल गइल रहे कि कम से कम एक हजार लोग मरल होई. घवाहिलन के गिनिती 1300 से बेसी बतावल जात बा. इहो कहल जात बा कि एह भूकंप में ओहिजा रहे वाला कवनो हिन्दुस्तानी हताहत नइखे भइल.
  • पिछला दिने भइल दू गो आतंकवादी हमला का बाद चीन आतंकवादी संगठनन के कोष जब्त करे के सोचत बा. दुनु हमला के आरोप पूर्वी तुर्कीस्तान इस्लामिक आंदोलन पर लगावल गइल बा.
  • हनीमून पर भारत आइल भूटान के शाही नव दम्पत्ति के राष्ट्रपति भवन में गर्मजोशी से स्वागत कइल गइल.
  • अमेरिका के डेट्रॉयट शहर का नियरा अतवार फजीरे भइल कार दुर्घटना में चार गो भारतीयन के मौत हो गइल बा. चारो आंध्र प्रदेश से रहले.
  • स्वीडन के ओस्कारशम्न शहर स्थित परमाणु संयंत्र रिएक्टर में आग लगला का बाद से बंद कर दिहल गइल बा.
  • अर्जेंटीना में अतवार का दिने भइल चुनाव में क्रिस्टीना फर्नाडिज लगभग 53 फीसदी मत ले के दुबारा राष्ट्रपति चुना गइल बाड़ी.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • (मंगल, 25 अक्टूबर)
  • उनइस महीना में तेरहवाँ बेर रिजर्व बैंक ब्याज दर बढ़ा दिहले बा जवना से घर, गाड़ी आ व्यापारिक काम खातिर लिहल करजा अउरी महँग हो जाई. जबकि रिजर्व बैंक के एह फैसला से आम आदमी के परेशानी त बढ़ल जात बा आ महँगाई के रफ्तार जस के तस बा.
  • (सोमार, 24 अक्टूबर)
  • सरकारी कंपनी गेल शुद्ध लाभ में एह साल का दुसरा तिमाही में 18 फीसदी के बढ़ोतरी.
  • धनतेरस पर देश के बाजारन भीड़ उमड़ल. कई जगहा यातायात बाधित भइल, आ लोग जम के खरीददारी कइल.
  • सोमार का दिने रिजर्व बैंक अंदाज लगवलसि कि महँगाई अपना ऊँचका स्तर पर बनल रही आ विकास दर धीमा पड़ी.
  • तेजी से पोढ़ होखत भारत-अमेरिकी सम्बंधन का बीच भारतीय नागरिकने के मिले वाला अमेरिकी वीजो में बढ़ोतरी भइल बा. पिछला साल भारत से चार लाख नब्बे हजार लोग के वीजा दिहल गइल.
  • 2जी आरोप पर रिलायंस टेलीकॉम दिल्ली उच्च न्यायालय में चुनौती याचिका दायर कइले बावे.
  • सुजलॉन एनर्जी के शुद्ध तिमाही नुकसान 19.4 करोड़ रुपिया दर्ज भइल बा.
  • आईटीसी का शुद्ध लाभ साल के दुसरा तिमाही में 21 फीसदी बढ़ल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • ‘रा. वन’ बजट का लिहाज से तिसरका सबले बड़ फिल्म. शाहरुख एह फिल्म पर डेढ़ सौ करोड़ रुपिया खर्च कइले बाड़न.

खेल के खबर

  • (मंगल, 25 अक्टूबर)
  • चटगांव टेस्ट का पाँचवा आ आखिरी दिने बांग्लादेश अपना पहिला पारी मे वेस्टइंडीज के पहिला पारी का मुकाबले 195 रन के बढ़त ले लिहले बा. दू दिन के खेल बरखा के बलि चढ़ गइला का चलते एह मैच के ड्रा होखल पक्का बा अगर कवनो चमत्कार ना हो जाव त.
  • तिसरका एकदिना में न्यूजीलैंड ने टॉस जीत के जिम्बाब्वे का खिलाफ बल्लेबाजी करे के फैसला कइलसि.
  • कोलकाता एकदिना आजु होखे जा रहल बा आ भारतीय टीम इंग्लैंड के 5-0 से हरावे के कोशिश करी त इंग्लिश टीम अब आपन इज्जत बचावे खातिर खेली.
  • (सोमार, 24 अक्टूबर)
  • एक सप्ताह का भितरे मोटर रेसिंग में दुनिया में दू गो चालकन का मौत का बाद एह खेल के खतरनाक रुप अउरी उजागर भइल बा. बाकिर फार्मूला वन टीम सहारा फोर्स इंडिया के चालक एड्रियन सुटिल के कहना बा कि एफ-1 पूरा सुरक्षित बा.
  • ट्वेंटी-20 रैंकिंग में भारत 5वें स्थान पर राखल गइल बा.
  • ओलम्पिक में स्वर्ण पदक जीते वाला निशानेबाज अभिनव बिंद्रा के कहना बा कि भारत में वइसन खेल नीति अउर संस्कृति के कमी बा जवन नवहियन के खेल के आजीविका का रूप में अपनावे खातिर बढ़ावा देव.

0 Comments