बिहार के खबर
-

(अतवार, 23 अक्टूबर)

  • गया में एगो संवाददाता सम्मेलन में राज्य के ग्रामीण कार्य आ पंचायती राज मंत्री भीम सिहं बतवले कि राज्य के हर पंचायत में पंचायत भवन बनवावल जाई. हर पंचायत भवन पर छियासठ लाख रुपिया के खर्च आई. इहो बतवले कि पंचायत सचिवन के करीब अढ़ाई हजार पद खाली पड़ल बा जवना पर बहाली के प्रक्रिया शुरू कइल जाई.
  • बिहार में अल्पसंख्यक कल्याण के बजट जवन साल दू हजार पाँच में पाँच लाख रुपिया रहे साल दू हजार एगारह में पाँच अरब रुपिया हो गइल बा. ई बाति राज्य के अल्पसंख्यक कल्याण मंत्री शाहिद अली खाँ मोतिहारी का छितौनी में एगो अल्पसंख्यक छात्रावास के उद्घाटन करत बतवले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts