धनतेरस पर झाड़ू खरीदे के परंपरा का बहाने राजनीति के चोट

पटना 02 नवम्बर (वार्ता) बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार इशारा इशारा मे भाजपा के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी पर कड़ेर हमला बोलग कहलन कि बिहार के लोग बाहर से आइल कचरा झाड़ू से साफ कर दीहें आ अपना घर के गंदा ना होखे दहें.

नीतीश कुमार कहलन कि बिहार के लोग धनतेरस का दिने झाड़ू खरीदेला आ उ लोग एकर इस्तेमाल बाहर से आइल कचरा साफ करे ला करी.

नीतीश के जवबा देत बिहार के उप मुख्यमंत्री रहल सुशील कुमार मोदी कहलन कि धनतेरस का दिने खरीदल झाड़ू से लोग अइसन सफाई करी जेहसे दुनिया में बिहार के नाम खराब करे वाला लोग के निकाल फेंकी. झाड़ू के इस्तेमाल ओह लोग का खिलाफ होखी जे लाखो लोग के जान 27 अक्टूबर के आतंकियन के हवाले क दिहले रहुवे.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।