धनिया के थाना में दू गो हीरोइनन का साथे राजेश वशिष्ठ

भोजपुरी के धनिया माने कि रिंकू घोष आ आमरीन, दुनु हीरोइनन, का साथे अभिनेता राजेश वशिष्ठ भोजपुरी फिल्म ‘धनिया के थाना’ में इश्क फरमावत नजर अइहे. ई एगो कॉमेडी फिल्म ह जवना के निर्माता इन्द्रजीत अउर राकेश भदूरिया आ निर्देशक राकेश भदूरिया हउवे.

बतावे जोग बा कि राजेश वशिष्ठ अनेके टी. वी. सीरियल आ हिन्दी फिल्म कइला का बाद अब भोजपुरीओ में आपन एगो नया पहचान बनावल चाहत बाड़े. पंजाब के रहे वाला राजेश वशिष्ठ के भोजपुरी भाषा बहुते पसंद बा. कहलन कि भोजपुरी फिल्म ‘‘धनिया के थाना’’ कइला का बाद लागल जइसे बॉलीवुड के कवनो बड़ फिल्म कइले. खुशी जतवले कि उनुका भोजपुरी संस्कृति से जुड़े के मौका मिलल. राजेश के उम्मीद बा कि ई फिल्म दर्शकन के खूब पसंद आई.

एह फिल्म में अभिषेक गिरी लिलीपुट का मुख्य भूमिका में बाड़े.


(दिनेश यादव के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।