धनिया के थाना में दू गो हीरोइनन का साथे राजेश वशिष्ठ

भोजपुरी के धनिया माने कि रिंकू घोष आ आमरीन, दुनु हीरोइनन, का साथे अभिनेता राजेश वशिष्ठ भोजपुरी फिल्म ‘धनिया के थाना’ में इश्क फरमावत नजर अइहे. ई एगो कॉमेडी फिल्म ह जवना के निर्माता इन्द्रजीत अउर राकेश भदूरिया आ निर्देशक राकेश भदूरिया हउवे.

बतावे जोग बा कि राजेश वशिष्ठ अनेके टी. वी. सीरियल आ हिन्दी फिल्म कइला का बाद अब भोजपुरीओ में आपन एगो नया पहचान बनावल चाहत बाड़े. पंजाब के रहे वाला राजेश वशिष्ठ के भोजपुरी भाषा बहुते पसंद बा. कहलन कि भोजपुरी फिल्म ‘‘धनिया के थाना’’ कइला का बाद लागल जइसे बॉलीवुड के कवनो बड़ फिल्म कइले. खुशी जतवले कि उनुका भोजपुरी संस्कृति से जुड़े के मौका मिलल. राजेश के उम्मीद बा कि ई फिल्म दर्शकन के खूब पसंद आई.

एह फिल्म में अभिषेक गिरी लिलीपुट का मुख्य भूमिका में बाड़े.


(दिनेश यादव के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..