धर्मेन्द्र से भिड़िहन संजय पांडे

sanjayसिनेमा भोजपुरी के अव्वल खलनायक संजय पांडे पहिला बेर हिन्दी सिनेमा के ‘ही मैन’ चर्चित अभिनेता धर्मेन्द्र संगे निर्माता निर्देशक विमल कुमार के पहिला भोजपुरी फिलिम ‘देश परदेश’ में नज़र अइहें. एह फिलिम में संजय पांडे मुख्य खलनायक आ सुपर स्टार पवन सिंह नायक बाड़े. चर्चित अभिनेता धर्मेन्द्र संगे काम करे के मौका देख संजय पांडे बहुते उत्साह में बाड़े. कहना बा कि धर्मेन्द्र जी आ विमल जी के फिलिम बचपने से देखत आइल बाड़े. जब विमल कुमार जी एह फिलिम के ऑफर दिहलन आ बतवलन कि एहमें धर्मेन्द्रो जी रहीहें त हम तुरते तइयार हो गइन अतना बड़ निर्देशक आ अभिनेता के फिलिम करे के. हमरा ला त ई सौभाग्य के बात बा.

वइसे आजुकाल्हु संजय पांडे भोजपुरी फिलिम ‘दिलदार सांवरिया’ के शूटिंग में लागल बाड़े. ई फिलिम तन्वी मीडिया के बैनर में बनत बा.


(ब्रेकिंग मैक्स मीडिया)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।