धूमधाम से ‘‘दबंग मोर बालमा’’ के मुर्हूत भइल

पिछला छह अक्टूबर के सिंघानिया क्रिएशन्स के बैनर तले बने वाली फिल्म ‘‘दंबग मोर बालमा’’ के मुहूर्त चार बंगला के सना स्टूडियो में करावल गइल. एह मौका पर फिल्म के निर्देशक अवनी अग्रवाल कहले कि हिन्दी फिल्म “दबंग” के सफलता से प्राभावित होके ई फिल्म बनावल जात बा. निर्माता नीरज गुप्ता, प्रतिभा सिंह आ जयेश पटेल, गीतकार पवन मिश्रा, धन्नजय भटट अउर राणा सिंह, संगीतकार गणेश पाण्डेय, कार्यकारी निर्माता अरूण सिंह, लाईन प्रोडयूसर प्रिया सिंह, छायाकार नजीर खान, नृत्य निर्देशक मयंक अशोक हउवें. कथा प्रतिभा सिंह आ पटकथा अउर संवाद अवनि अग्रवाल के बा, फिल्म के मुख्य कलाकारन में विराज भटट, अजय दीक्षित, परी सिंघानिया, वैभव, राय, गोपाल राय, धारधार आवाज के स्वामी सुरेन्द्र पाल, संजय वर्मा, देव सिंह, अखिलेश शुक्ला आ विकास का साथे डांस क्वीन हॉट परी आ बिजली का तरह फुर्तिली सीमा सिंह के नाम बा.


( स्रोत : संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।